अरमान पूरा दीं

अरमान पूरा दीं 
हमार कुल्ह अरमान,पूरा दीं ए माई,
राउर नेकी दीपक,कबो  ना भुलाई।

देखी    हालात   ,हमार     मज़बूरी,
सभे    हमसे  ,बनवले    बा    दूरी।
हमार  हँसल  घर,बसा  दीं  ए माई..
राउर नेकी दीपक,कबो  ना भुलाई।

खोलीं आँख देखीं,भक्त बाटे खाड़ा,
दुनिया के डर से,खमिया  के आडा।
हमके अपना लगे,बुला लीं  ए माई..
राउर नेकी दीपक,कबो  ना भुलाई।

   दीपक तिवारी
श्रीकरपुर,सिवान।

JP 9 NEWS

JP 9 NEWS is a Hindi news portal which brings you the latest news every day.

और नया पुराने

نموذج الاتصال